Spread the love

– विद्या शंकर विद्यार्थी

देशवा के शान ह तिरंगवा ए माई
इहे हिंदुस्तान ह तिरंगवा ए माई
लहुआ दिआइल बलिदान बा दिआइल
तब इहो दिनवा बा, हमनी के आइल
माटी के महान ह तिरंगवा ए माई
इहे हिंदुस्तान ह तिरंगवा ए माई।
खुदी राम फँसिया प झूली गइले हँसी के
देशवा के मटिया के लिलरा में घँसी के
इहे आह्वान ह तिरंगवा ए माई
इहे हिंदुस्तान ह तिरंगवा ए माई।
शुभ दिन आइल माई लहरे तिरंगवा
हमनी के एके बउए खूनवा के रंगवा
इहे पहचान ह तिरंगवा ए माई
इहे हिंदुस्तान ह तिरंगवा ए माई।

Leave a Reply

Your email address will not be published.