Spread the love

 

– नीतू सुदीप्ति ‘नित्या’

 

अंग्रेजन के धूर चटा देनीं
रणबांकुरा बाबू वीर कुंवर सिंह
राउर है जय हो जय हो ।
जगदीशपुर के लाल
सभ केहू कर रहल
रउआ के परनाम
राउर जय हो जय हो ।
अंग्रेजन …
गोली लगला के बाद
आपन बांह खुदे काट
गंगा मइया के चढ़ा दिहनीं
अमरत्त्व पा गइनीं
राउर जय हो जय हो
अंग्रेजन ….

1857 में अंग्रेज रहसन
आजु आतंकवादी बाड़े स
भारत के वीर जवान
सीमा पर उ सभनी से
लोहा लेत बाड़े जा
रउआ सभे के प्रेरणा दे रहल बानीं
राउर शौर्य गाथा सभका दिल में बसल बा
राउर जय हो जय हो ।

Leave a Reply

Your email address will not be published.